मतदाता जागरण गीत
चल चलीं सभेँ, तs चल चलीं सभेँ, हतs चल चलीं सभेँ
मतदान करे खातिर, हजी मतदान मतदान करे खातिर...
बूथवा पs जाके भोटावा गिरायीं-२ विकास के गंगा में डुबकी लगाईं -२ बचालीं जी देशवा कपटी छलिया सेs...
तs चल चलीं सभेँ, हतs चल चलीं सभेँ, मतदान करे खातिर...
आईगइल बा चुनावs के समईया- २ सोच समझs के भोट दिहs हो भैया- २ छालs ओढ़लेबा बाघवा दुधारू गईया केs...
तs चल चलीं सभेँ, तs चल चलीं सभेँ, हतs चल चलीं सभेँ
मतदान करे खातिर, हजी मतदान करे खातिर...
अगर, देशवा ह नैय्या त रउरे खेवैय्या- २ नेता ना बेटा मांगेली छठी मैय्या-२ भोटवा के चोटावा से मारीं चईया केs...
तs चल चलीं सभेँ, तs चल चलीं सभेँ, हतs चल चलीं सभेँ
मतदान करे खातिर, हजी मतदान करे खातिर...
मास- मछरी, अण्डा पर भोट जे गिराई - २ गिद्ध बनी राजा देश नोच नोच खाई- २
मत के क़ीमत तू पुछिहs अंतर मनवा से...
तs चल चलीं सभेँ, तs चल चलीं सभेँ, हतs चल चलीं सभेँ
मतदान करे खातिर, हजी मतदान करे खातिर...
गांव आ नगर तरक्की यदि चाहीँ- २ लालच में भईया पड़ीहs तू नाहीं- २ राम राज आई रावण मारलाs से...
तs चल चलीं सभेँ, तs चल चलीं सभेँ, हतs चल चलीं सभेँ
मतदान करे खातिर, हजी मतदान करे खातिर...
@रजनीश कुमार मिश्र
Comments
Post a Comment