गईया के चरवाह

हो हो होsss..x 2
हम त गइया के चरवाह हई
राखी ले साथें लाठी
खोजीले हरदम साथी होss

नाही हमरा लागे डर
नाही दुनिया के फिकर
हम अइसन बानी जोकर
हम त हस हस के करी सबसे बाती

राखी ले साथें लाठी हो...

हो हमरी गौआं में जे आई
ऊ त बड़ा मज़ा पाई
दही भुजा जे ऊ खाई

नहीं मानी पाखंड वाला धरम
नाही फोड़े वाला जाति होss

हम त गईयां के....

हमरा दिल के हई मेहमान
एगो बाड़ी हमर जान
उनका पर बानी कुर्बान

कहीं दिलवा के हाल हम काथी 
राखी ले साथे लाठी हो...
हम त गईयआ के...

इनकर फ़ोटो लेके घूमी
फोटउवे के हम चूमी
कबो घरवा इनके जुमी

दिलवा जरे जस लोहरा के भाथी
राखी ले...

ई फूल के बाबू हौएं माली
होखे ना दिहे घरवाली 
जेब भईल जाता खाली

हमके बकरा बनवली
ई अपने भईली हाथी
ना चाही अइसन साथी होss
हम त गईया....
 रजनीश कुमार मिश्र 



Comments

Popular posts from this blog

जंगली होली

भागलपुर ब्रिज जो बार बार गिर रहा है...

प्रभु श्रीराम से दिल लगाओ ना(एक भजन)