मैय्या शारदा भवानी के भजन
हे शारदे माईss, रउरे तs बानी, जग के सहारा, जग के आधार रऊरी चरनिया, बा हमार दुनियां, सगरो आन्हार, रउरा सिवाय ब्रह्मा के बुद्धि जे, रउरा ना देंती, धरती माई जे, जन्मती ना बेटी विश्वकर्मा के जदि, ज्ञान ना भेटित, कईसे देखती जां सुनर जहानss हे शारदे माईss, रउरे तs बानी, जग के सहारा, जग के आधार रऊरी चरनिया, बा हमार दुनियां, सगरो आन्हार, रउरा सिवाय रतना के माया में, पागल तुलसी, माई के दया से, भईले देव तुल जी खूंखार डाकू वाल्मिकी, मार मार से, राम राम सीखी, हो गईले कईसे महानss हे शारदे माईss, रउरे तs बानी, जग के सहारा, जग के आधार रऊरी चरनिया, बा हमार दुनियां, सगरो आन्हार, रउरा सिवाय जिहवा पर बईठी, आँखियां में बसीं, संसिया के बंसिया, रउरे बजाईं सेवा में अपना, मैय्या जी रखीं, रउरा बिनु मन्दिर, सूना मकानss हे शारदे माईss, रउरे तs बानी, जग के सहारा, जग के आधार रऊरी चरनिया, बा हमार दुनियां, सगरो आन्हार, रउरा सिवाय गरीबनी माई के, बेटा जिआईं, शक्ति दीं, हम खूबे पढ़ाई, सेवा आ श्रद्धा चाहीं मैय्या जी जिनगी, जरेला चाहीँ, गाछ वैईसन की फरे के चाहीं, नाही त बाss, जिअल बेकार हे शारदे माईss, र...