मतदाता जागरण गीत
चल चलीं सभेँ, तs चल चलीं सभेँ, हतs चल चलीं सभेँ मतदान करे खातिर, हजी मतदान मतदान करे खातिर... बूथवा पs जाके भोटावा गिरायीं-२ विकास के गंगा में डुबकी लगाईं -२ बचालीं जी देशवा कपटी छलिया सेs... तs चल चलीं सभेँ, हतs चल चलीं सभेँ, मतदान करे खातिर... आईगइल बा चुनावs के समईया- २ सोच समझs के भोट दिहs हो भैया- २ छालs ओढ़लेबा बाघवा दुधारू गईया केs... तs चल चलीं सभेँ, तs चल चलीं सभेँ, हतs चल चलीं सभेँ मतदान करे खातिर, हजी मतदान करे खातिर... अगर, देशवा ह नैय्या त रउरे खेवैय्या- २ नेता ना बेटा मांगेली छठी मैय्या-२ भोटवा के चोटावा से मारीं चईया केs... तs चल चलीं सभेँ, तs चल चलीं सभेँ, हतs चल चलीं सभेँ मतदान करे खातिर, हजी मतदान करे खातिर... मास- मछरी, अण्डा पर भोट जे गिराई - २ गिद्ध बनी राजा देश नोच नोच खाई- २ मत के क़ीमत तू पुछिहs अंतर मनवा से... तs चल चलीं सभेँ, तs चल चलीं सभेँ, हतs चल चलीं सभेँ मतदान करे खातिर, हजी मतदान करे खातिर... गांव आ नगर तरक्की यदि चाहीँ- २ लालच में भईया पड़ीहs तू नाहीं- २ राम राज आई रावण मारलाs से... तs चल चलीं सभेँ, तs चल च...